You are currently viewing सिनेमाहल मे पटाका बजइला पर सोशल मीडिया पर सलमान समझाए के कोसिस कइलन

सिनेमाहल मे पटाका बजइला पर सोशल मीडिया पर सलमान समझाए के कोसिस कइलन

भोआ, १२ अगहन,

सलमान खान के नाया फिल्म ‘अंतिमः द फाइनल ट्रुथ’ सिनेमाहल मे छाइल बा । सलमान के फिल्म देखे खातिर बहुत फैंस सिनेमाहल मे पहुचत बा आ अपन तरीकासे खुसी व्यक्त करत बा । अभिन सोसल मीडिया पर एगो भिडियो वायरल भइल बा । जाहा सलमान के फिल्म देखके फैंस सिनेमाहल मे पटाका बाजाके आपन खुसी जाहिर कइले बा ।

बाकीर सलमान खान सोसल मीडिया के माध्यम से समझाएके कोसिस कइले बाडन । उ वायरल भइल भीडियो के आपन इंस्टाग्राम से सेयर करके साफ साफ लिखले बाडन कि सिनेमाहल के भितर पटाका ना बजाएके, काहेकी एकर परीणाम बहुत खतरनाक हो सकेला ।

उ आपन फैंस से कहलन कि सिनेमाहल के भितर पटाका ना बजाएके काहेकी ई बहुत खतरनाक साबीत हो सकेला । जेकरा से पटाका बजाएबाला के साथ मे दोसर लोगन के भी जान के खतरा हो सकत बा । साथे सिनेमाहल के भी मालीकसे कहलन की हलमे पटाका बाजाएके अनुमती ना देबेके । गेटपर खोजतालास करके उलोगके रोकेके ।

सलमान खान लास्ट मे लीखले बाडन कि फिल्मके एंजाय करीलोग बाकीर अइसन तरीकाके काम से बची । सब फैंस से हमर अनुरोध बा ।

Leave a Reply