आँम खइलासे एतना फाएदा Post author:Popularsys Post published:July 15, 2019 Post category:Bhojpuri Blogs Post comments:0 Comments फलके राजा कहके चिन्हेवाला आँम गर्मीके मौसममे मिलेवाला फलफूल मेसे एगो ह । आँममे जादे मात्रामे भिटामिन ए, भिटामिन सी के साथै कपर, जिंक, पोटाशियम, मिनरल्स मिलेला । एकर नियमित सेवन कइलासे शरीरके बहुते फाएदा होखेला । आँम के फाएदासब: १. आँममे फाइबरके साथे भिटामिन सी मिललासे शरीरमे कोलेस्ट्रेरोलके लेवल कम करेमे मद्दत करेला । साथे करेजा (दिल) से जुटल समस्या से मुक्ति मिलेला । २. आँममे मिलेवाला भिटामिन ए से आँख तेज भइलाके साथे आँख सम्बन्धी समस्यणसे छुटकारा मिल सकता । ३. आँमके नियमित सेवनसे पेटमे होखेवाला कब्जियत, एसिडिटी आ ग्याँस्ट्राइटिसके समस्यासे निजात मिलेला । ४. आँमके सेवनसे शरीरमे शक्ति प्रदान कइलाके साथे शरीरमे बेमारीसे लडेवाला क्षमता बढावेमे मद्दत करेला आ शरीरमे इन्फेक्सन होखेसे बचावेला । ५. आँममे जादे मात्रामे आइरन मिलेला जवन शरीरमे खुन बढावलाके साथे एनिमियाके समस्यासे निजात मिलेला । ६. आँममे भरपूर मात्रामे भिटामिन बी ६ होखेला । जवन दिमागके स्वस्थ राखलाके साथे स्मरण शक्ति बढावेमे मद्दत करेला । ७. एकर सेवनसे ब्लडप्रेशरके लेवल कन्ट्रोल करेमे मद्दत मिलेला । ८. २ चमच आँमके पेस्ट बनाके ओकरामे दही मिलाके केश मे लगाके आ आधा घण्टा के बाद धोवलासे केश लरम मुलायम भइलाके साथे रुसी होखेके समस्यासे निजात मिली । स्रोत: एजेन्सी Post Views: 172 Please Share This Share this content Opens in a new window Opens in a new window Opens in a new window Opens in a new window Opens in a new window Opens in a new window You Might Also Like आउ रे गइया निनर वन से: बालगीत August 5, 2019 भगवान ओकरे मदद करेले, जे आपन मदद खुद करेला June 22, 2019 घुघुवा माना, उपजे धाना: बालगीत August 5, 2019 Leave a Reply Cancel replyYou must be logged in to post a comment.