आँम खइलासे एतना फाएदा Post author:Popularsys Post published:July 15, 2019 Post category:Bhojpuri Blogs Post comments:0 Comments फलके राजा कहके चिन्हेवाला आँम गर्मीके मौसममे मिलेवाला फलफूल मेसे एगो ह । आँममे जादे मात्रामे भिटामिन ए, भिटामिन सी के साथै कपर, जिंक, पोटाशियम, मिनरल्स मिलेला । एकर नियमित सेवन कइलासे शरीरके बहुते फाएदा होखेला । आँम के फाएदासब: १. आँममे फाइबरके साथे भिटामिन सी मिललासे शरीरमे कोलेस्ट्रेरोलके लेवल कम करेमे मद्दत करेला । साथे करेजा (दिल) से जुटल समस्या से मुक्ति मिलेला । २. आँममे मिलेवाला भिटामिन ए से आँख तेज भइलाके साथे आँख सम्बन्धी समस्यणसे छुटकारा मिल सकता । ३. आँमके नियमित सेवनसे पेटमे होखेवाला कब्जियत, एसिडिटी आ ग्याँस्ट्राइटिसके समस्यासे निजात मिलेला । ४. आँमके सेवनसे शरीरमे शक्ति प्रदान कइलाके साथे शरीरमे बेमारीसे लडेवाला क्षमता बढावेमे मद्दत करेला आ शरीरमे इन्फेक्सन होखेसे बचावेला । ५. आँममे जादे मात्रामे आइरन मिलेला जवन शरीरमे खुन बढावलाके साथे एनिमियाके समस्यासे निजात मिलेला । ६. आँममे भरपूर मात्रामे भिटामिन बी ६ होखेला । जवन दिमागके स्वस्थ राखलाके साथे स्मरण शक्ति बढावेमे मद्दत करेला । ७. एकर सेवनसे ब्लडप्रेशरके लेवल कन्ट्रोल करेमे मद्दत मिलेला । ८. २ चमच आँमके पेस्ट बनाके ओकरामे दही मिलाके केश मे लगाके आ आधा घण्टा के बाद धोवलासे केश लरम मुलायम भइलाके साथे रुसी होखेके समस्यासे निजात मिली । स्रोत: एजेन्सी Please Share This Share this content Opens in a new window Opens in a new window Opens in a new window Opens in a new window Opens in a new window Opens in a new window You Might Also Like कोेरोना भाइरस प्रकोप खिलाफ जिला पुलिस, पर्सा के निहोरा March 20, 2020 फिल्म राधे के नाया गाना ‘नयन बा नशीला’ रिलीज मे लउकल रवि किशन आ नेहा श्री के रोमांटिक रुप June 17, 2021 भगवान ओकरे मदद करेले, जे आपन मदद खुद करेला June 22, 2019 Leave a Reply Cancel replyYou must be logged in to post a comment.
फिल्म राधे के नाया गाना ‘नयन बा नशीला’ रिलीज मे लउकल रवि किशन आ नेहा श्री के रोमांटिक रुप June 17, 2021