You are currently viewing खल्ति के नाम मे बनल नकली कर्मचारी गइल पुलीस के खोर मे

खल्ति के नाम मे बनल नकली कर्मचारी गइल पुलीस के खोर मे

भोआ, ३ माघ,

आदमीके ९७४८३९६४९२ मोबाईल नम्बर से फोन करके हम खल्ती एपस के कर्मचारी हई कहके रोपेया ठगेबाला धराइल बा ।

हम खल्ती एपस के कर्मचारी हई आ तहर खल्ती खाता नविकरण करेके परी तहर मोबाईल नम्बर मे OTP Code आई उ ओटिपी कोर्ड दोसर के नादेके बताव कहके बिश्वास दिलाके ओटिपी कोर्ड लेके आदमीके खल्ती आईडी खोलके अनेक आदमीसब के नाममे रहल बैंक खाता, ईसेवा, खल्ती जइसन आइडी मे रोपेया ट्रान्सफर करेबाला धराइल बा ।

अनेक आदमीसबके नागरीकताके फोटोकोपी पेस करके IME आउर City Express Money Transfer से रोपेया निकाले बाला पर्सा जिला छिपहरमाई गाउँपालीका वाड नम्बर २ के १८ बरिस उमर भइल निरञ्जन कुमार गुप्ता आ उहे ठाउँ के रहनियार करण यादव के जिला पुलीस दफ्तर काबुमे कइले बा ।

उलोग के काबुमे करके पर्सा पुलीस दफ्तर से समन्वय करके ठगी सम्बन्धी कसुरमे जरुरी कारवाही के खातिर एतवारके महानगरीय प्रहरी परिसर काठमान्डु पठईल बा ।

Leave a Reply