You are currently viewing पुलीस के परीक्षा से नकली विद्यार्थी धराइल

पुलीस के परीक्षा से नकली विद्यार्थी धराइल

भोआ, १८ पुस,

धनकुटा बहुमुखी क्याम्पसमे चलत शसस्त्र पुलीस बलके सशस्त्र पुलीस जवान पदके लिखित परीक्षा मे ३ जाना नकली विद्यार्थी धराइल बा ।

विद्यार्थीके प्रवेश पत्र चेक करत बेरमे धनकुटा शहिदभुमी गाउँपालिका के २८ बरिस उमर भइल वाड नम्बर ५ के रहनिआर सौहार्द राई, उदयपुर बेलका नगरपालिका के २२ बरिस उमर भइल वाड नम्बर ७ के रहनिआर योगेन्द्र राई आ उहे ठाउके ३२ बरिसके निशान राई प्रवेश पत्र चेक करत बेरमे धराइल बा ।

पुस १७ गते से सुरु भइल शसस्त्र पुलीस बलके सशस्त्र पुलीस जवान पदके लिखित परीक्षामे प्रवेश-पत्र चेक करके बेरमे योगेन्द्र राईके १२४२० दार्ता नम्बर भइल प्रवेश पत्रसे सौहार्द राई नकली विद्यार्थी के रुपमे परीक्षा हलमे जात बेरमे धरइलन आ परीक्षा हलमे पठावे खातिर मदत करत बेरमे निशान राई धराइल बाडन ।

आपन परीक्षा दोसरके देवे खातिर पठइलापर सौहार्द राई भी धराइल बाडन । सौहार्द राई, योगेन्द्र राई आ निशान राई के जिला पुलीस दफ्तर धनकुटासे काबुमे करके आउर अनुसन्धान करत बा ।

Leave a Reply