बिदेश जाएके सोचत बेरीमे फेसबुकमे बिनोद तामाङके नामसे प्रोफाइलमे फिनल्याण्डमे रोजगारी बा कहके बिनोद के फेसबुक मे Gmail पोस्ट कइलापर उ Gmail मे सेक्युरिटी गार्डके खातिर कागजातसब फोटो पठइलापर Whatsapp से फोन करके उनकरा ‘HR मेनेजर है’ कहके ‘तहर कागजात सब ले लेहले बानी आ फिनल्याण्डके Koti Service Apartments मे सेक्युरिटी गार्डला तइआर रहिअ’ कहलन ।
उनकर जिमेल अकाउन्ट prabinkotihelsinki@gmail.com से ईम्पोल्मेन्ट, जब कन्फर्मेसन लेटर जइसन कागजसब पठाके भरोसा दिलाके फिनल्याण्ड जाएखातिर भिषा प्रोसेसिङके खातिर १ लाख ५० हजार अमित थामी नाम के सिभिल बैंक खातामे खाता नम्बर ०६३१०२६४६६४०१३ मे जमा करके कहलन ।
फिनल्याण्ड जाएखातिर भिषा टिकट, होटल बुकिङके कागज आ हवाइ टिकट के कागज देखाके बार बार करके बैंक खातामे २१ लाख जमा कराके थामी मोबाइल बन्द करके सम्पर्क विहिन भइलर रहलन ।
कागजके लेजाके एयरपोर्टमे जाँच पडताल करइलापर सब कागज नकली निकलल रहे । इ बात थाह भइलापर उनकरा खाजी करके कानून बमोजिम कारबाहि होखो कहके शम्भु घले सहित ५ जानाके निवेदन पुलिस माहाशाखा मे परल बा ।
उहे निवेदन के आधारमे काठमाडौं के चावहिल मे रहेवाला २९ बरिस के अमित थामी के खोजी करत बेरमे महाशाखा से खटल झुन्ड काठमान्डु माहानगरपालीका वाड नम्बर ७ गौरीघाट मे धर दबोचे काठमाडौं, परिसर मे भेजे मे सफल भइल । एकर सम्बन्ध मे आउर अनुसन्धान होता ।