दिन पर दिन नासा के चिज के प्रयोग बढते गइल बा । आजु फेर एक जाना ब्राउन सुगर सहिते धराइल बा ।
सिल्यान बनगाउँ नगरपालिका वाड नम्बर १ के सल्लीबजार मे रहेबाला ३० बरीस उमर भइल रमेश भारत से नेपाल ओरी पइदले आवत बेरमे धराइल बा ।
झापा मेचिनगर नगरपालिका वाड नम्बर ६ मे रहल मेची खोलाके पुराना पुल लगे इलाका पुलीस दफ्तर काकरभिटटासे खटल पुलीस झुण्ड भारत से नेपाल ओरी पैदल आवत बेरीमे रमेश पर डि. सी. के सक भइलापर खोजतालास करल गइल रहे ।
खोजतालास कइला पर रमेश के लगे रहल बेगके भितर बुकमे हरीहर प्लास्टिक के भितर नासाके चिज ब्राउन सुगर २३ ग्राम मिलला पर काकरभिटटाके पुलीस दफ्तर काबुमे कइले बा । पुलिस के मुताविक इ सम्बन्ध मे आउर अनुसन्धान हो रहल बा ।