बीरगंज मे बुनी के पानी से पानी पानी भइल कवनो नाया बात ना ह । बरसात मे त नाला जाम होके जेनेतेने बाढ लागजाला बाकिर आजु पुस के १४ गते बुधके दिने सबेरे करिब ४ बजे से दिनभर बरसल छोटमोट बुनी से हाल हइसन होइ केहु ना सोचले होइ ।
ओने मकवानपुर के दामन मे बरफ गिर रहल बा त एने आजु से जाड बढल बा ।