You are currently viewing ब्राउन सुगर सहिते दु जाना धराइल

ब्राउन सुगर सहिते दु जाना धराइल

भोआ, २६ अगहन,

मकवानपुर हेटौडा उप महानगरपालीका रातोमाटे चेकप्वाईन्ट लगे रहल जिला पुलीस दफ्तर खोजतालास करत बेरमे ६ ग्राम ४८० मिलिग्राम नासा के चिज ब्राउन सुगर सहिते दुजाना आदमीके धइले बा ।

अगहन २५ गते शनिचर के दिन बीरगंज ओरसे काठमान्डु ओर जात ना ५ ख ४८०२ नम्बर के बसमे रहल आदमीके रोकके खोजतालास करल गइल ।

खोजतालास कइलापर सवार जिला चितवन रत्ननगर नगरपालीका वाड नम्बर २ के टांडी मे रहेबाला ५२ बरीसके नारायण खड्काके उपर सक भइला के बाद खोजतालास कइलापर ५ ग्राम २८० मिलिग्राम नासाके चिज ब्राउन सुगर मिललापर उनकरा नासाके चिज सहिते काबुमे कइलख आउर अनुसन्धान होता ।

उहे दिन दुपहर के २ बजे के करीबमे खबर के आधारमे जिला मकवानपर हेटौडा उप महानगरपालीका वाड नम्बर ११ लगे रहल सहिद स्मारक गेट लगे एक जाना आउर के धइले बा ।

संका के आधारमे खोज तालास कइला पर जिला चितवन राप्ती नगरपालीका वाड नम्बर ७ के रहनियार अर्जुन अधिकारी के लगेसे १ ग्राम २०० मिलिग्राम ब्राउन सुगर मिलला पर मकवानपुर जिला पुलीस दफ्तर अर्जुनलगे रहल नासाके चिज सहित काबुमे कइले बा ।

Leave a Reply