वीरगंज महानगरपालीका कोरोना भाइरस से सुरक्षित होखे खातिर सुई लगाएके नाया सुचना जारी कइले बा ।
कोरोना विरुद्धके सुई के मीललाके आधारमे तय करल समूहमे अगहन महिना के २४ गते Vero cell vaccine के पहिलका आ दुसरिका मात्रा मे आ Astrazenica/ Covi-shield के अभियान सुरु होता ।
Astrazenica/ Covi-shield खोप के दुसरिका मात्रा अगहन के २४ गते देवेके कार्य तालिका बा । स्वास्थ्य चौकी, भा वाड के दफ्तर से खोप संचालन होइ ।
१८ बरीस आ ओसे बढ उमीर के आदमी सब खातिर आउर कोरोना विरुद्ध के Vero cell Vaccine ना लागल जनता सब एकर फाएदा ले सकेला । कोरोना के पहिलका सुई लीहल बाकिर दोसरका बाकि भइल नागरीक सबला भी बाटे । कोरोना विरुद्ध के सुई अभियान के समय सबेरे १० से साझ के ४ बजे तक अगहन के २२ गते से २४ गते तक बा ।
सुई लगाए गइला पर आपन परिचय परमाण पत्र, नागरीता, पासपोर्ट आ कोरोना के पहिलका सुई के डोज होगइल नागरीक के पहिलका लागल सुई कार्ड लेके जाएके निहोरा बीरगंज महानगरपालिका कइल बा ।