You are currently viewing का रउआ ज्यादा सिगरेट पीयेनी ? फेफड़ा के स्वस्थ राखे खातिर अपना आहार में शामिल करीं

का रउआ ज्यादा सिगरेट पीयेनी ? फेफड़ा के स्वस्थ राखे खातिर अपना आहार में शामिल करीं

भोआ, २ फागुन,

फेफड़ा के हमनी के शरीर के एगो जरूरी अंग मानल जाला । फेफड़ा ऑक्सीजन के छाने के काम करेला, ओकरा बाद ऑक्सीजन पूरा शरीर में पहुंच जाला । फेफड़ा में कवनो समस्या के चलते सांस से जुड़ल समस्या के सामना करे के पड़ेला । अइसना में आजु हम रउरा सभे के अइसने कुछ बात बतावे जा रहल बानी जवना से रउरा फेफड़ा के नुकसान से बचावल जा सकेला ।

फेफड़ा के हमनी के शरीर खातीर बहुत जरूरी मानल जाला । ऑक्सीजन फेफड़ा से छानला के बाद ही हमनी के पूरा शरीर में पहुंचेला । अयीसना में फेफड़ा के देखभाल कईल बहुत जरूरी बा । वायु प्रदूषण, धूम्रपान आदि के फेफड़ा पे बहुत बुरा असर पड़ेला । ए सभ चीज़ के चलते दमा, ब्रोंकाइटिस, निमोनिया, टीबी, कैंसर जईसन जानलेवा बेमारी के सामना करे के पड़ सकता । फेफड़ा के स्वस्थ राखे खातिर जरूरी बा कि आप रोज व्यायाम करीं अउरी स्वस्थ आहार के खाईं ।

स्वस्थ आहार के मदद से आप अपना फेफड़ा के लंबा समय तक स्वस्थ राख सकतानी । वायु प्रदूषण अवुरी धूम्रपान के बढ़त मामला के चलते फेफड़ा से जुड़ल समस्या के बहुत सामना करे के पड़ेला । एहसे जदी आप अपना फेफड़ा के स्वस्थ राखल चाहतानी त जरूरी बा कि आप अपना आहार में स्वस्थ चीज़ के शामिल करीं ।

अमेरिकन कॉलेज ऑफ न्यूट्रीशन से प्रकाशित एगो जर्नल के मुताबिक अखरोट में ओमेगा-3 फैटी एसिड बहुतायत में होखेला । रोजाना मुट्ठी भर अखरोट के आहार में शामिल कईला से आप फेफड़ा के समस्या से छुटकारा पा सकतानी । साँस लेवे के समस्या यानी दमा में भी इ फायदेमंद होखेला ।

जवना मछरी में वसा के मात्रा जादा होखे ओकर सेवन फेफड़ा खाती फायदेमंद होखेला । इनहन में ओमेगा-3 फैटी एसिड के पर्याप्त मात्रा होला ।

अदरक में ना सिर्फ एंटी-इंफ्लेमेटरी गुण होखेला बालुक इ फेफड़ा से प्रदूषण के बाहर निकाले में भी मदद करेला । अदरक के सेवन से फेफड़ा के वायुमार्ग खुल जाला अवुरी ऑक्सीजन के संचार ठीक से हो जाला । संगही, फेफड़ा के स्वास्थ्य खाती फायदेमंद साबित होखेला ।

सेब के रोज सेवन स्वस्थ फेफड़ा खातिर फायदेमंद होखेला । एकरा में मौजूद विटामिन फेफड़ा के स्वस्थ राखेला । एगो शोध के मुताबिक विटामिन-ई, सी, बीटा कैरोटीन अउरी साइट्रस के फल फेफड़ा खाती बहुत निमन मानल जाला ।

Leave a Reply