You are currently viewing बीरगंज मे चानीके गाहनासहित एगो आदमी धराइल

बीरगंज मे चानीके गाहनासहित एगो आदमी धराइल

वीरगञ्ज, भादो ३, (ऋतिक पटेल)

वीरगञ्जमे रोज रोज तस्करी के मामला बढते गइल समयमे पर्सा जिला के पुलिस चानीके गाहना सहिते एगो आदमीके धइले बा ।

भारत से गैरकानूनी तरीकासे चानीके गाहना लियावत खबर मीलला पर पुलीस चौकी इनरवा से खटल चेकिङ टोली भादो ३ गते भोर मे ८ बजे जिला पर्सा वीरगञ्ज महानगरपालीका वाड नम्बर १६ मे रहल शंकराचार्य गेटके लगे शंकाके आधार मे पैदल चलत ६० बरिस उमर भइल बारा जिल्ला परसौनी गाँवपालीका वाड नमर ६ मे रहेवाला नागेन्द्र साह सोनार के रोकके उनकर तालासी लेलापर उनकर पास रहल बेग मे चानी से बनल ६ किलो १६८ ग्राम गाहना मिलला पर उनकराके चानी के गहना सहीते काबुमे कइले बा ।

मुद्दा राजस्व छली चोरी पैठारी के कसुरमे जरुरी कारवाहीके खातिर राजश्व अनुशन्धान दफ्तर पथलैया, बारामे बुझावे के काम होत बा ।

Leave a Reply