हमनी के सब केहू के घर के बनावल गरम रोटी खाए के बहुत शौक बा । अक्सर रउरा अपना घर के बड़ लोग के कहत सुनले होखब कि बासी रोटी खाइल सेहत के नुकसान होला एहसे ऊ लोग हमेशा ताजा रोटी खाए पर अड़ल रहेला । बहुत लोग बा, जे खाली ताजा रोटी खाइल पसंद करेला आ बासी रोटी के नाम सुनला के बाद ही खिसिया जाला । का रउवा जानत बानी कि बासी रोटी खइला से बहुत फायदा होला ? आज भी अपना देश के ग्रामीण क्षेत्र में दूध के साथ बासी रोटी बहुत सौक से खाइल जाला । खास कर के गर्मी में लोग बासी रोटी खाइल पसंद करेला ।
कई बेर कुछ गलत खइला आ तेल के मसाला वाला चीज जादा खइला के चलते एसिडिटी के शिकायत होला । अइसन में बासी रोटी खईलामे आपके खाती फायदेमंद हो सकता । एसिडिटी से राहत पावे खातिर सबेरे के नाश्ता में दूध के संगे बासी रोटी खाईं । एकरा संगे एसिडिटी में राहत के संगे-संगे पेट के बाकी समस्या भी खतम हो जाई ।
आज लगभग हर चउथा आदमी के ब्लड प्रेशर के शिकायत होला । अगर रउआ भी एह बेमारी से परेशान बानी त ठंडा दूध के संगे बासी रोटी खाए के चाही । अइसन कईला से ब्लड प्रेशर काबू में रहेला ।
कुछ लोग कतनो खाए आ व्यायाम करस, ना त वजन बढ़ेला ना फिट हो ला । बासी रोटी अइसन लोग खातिर बहुत फायदेमंद होला । बासी रोटी में मौजूद फाइबर अउरी प्रोटीन शरीर के स्वस्थ राखेला अउरी वजन बढ़ावे में बहुत मददगार होला ।
शायद रउरा में से बहुत लोग के इ ना मालूम होई कि बासी रोटी शरीर के तापमान के संतुलित राखे में बहुत मदद करेला । अगर बासी रोटी के सबेरे के नाश्ता में दूध के संगे खईल जाए त इ दिन भर हमनी के शरीर के तापमान के संतुलित राखे में मदद करेला । गर्मी के मौसम में भी गर्मी के झटका जईसन कवनो समस्या ना होखेला ।