You are currently viewing अमेरिका मे डाक्टर आदमिके शरीर मे लगइलख सुअर के दिल

अमेरिका मे डाक्टर आदमिके शरीर मे लगइलख सुअर के दिल

भोआ, २८ पुस,

अमेरिका के डाक्टर के कहनाम बा कि जानवर के दिल तत्काल खाराब लक्षण देखइले बिना आदमीके शरीर मे काम कर सकता । मरिज के जीवन बचाएके आखरी कोशिश मे अमेरिका के डाक्टर मरीज के दिल के जगहा पर एगो सुअर के दिल लागा दिहलख ।

यी प्रयोग चिकित्सा जगत मे पहिला बार भइल बा । सोमार के बताइल गइल कि ई अपरेशन के तिन दिन बाद भि मरीज के तबियत ठिक बा । बाकिर अपरेशन के सफलता के बारेमे अभिन कुछो ना कहल जासकता ।

यूनिवर्सिटी आँफ मैरीलैंड मेडिकल सेंटर के मरीज डेविड के था रहे कि ई प्रयोग सफल होएके कोनो गारंटि नइखे । बाकिर कावनो दुसर विकल्प ना रहे । मेडिकल सेंटर के पुछताछ के अनुसार अपरेशन से एक दिन पहिले मरीज कहलन कि हम जिएके चाहत बानी । हम जानत बानी कि ई अनहरीया मे तिर चलाएके बाराबर बा, बाकिर हमरा पास इहे अन्तीम विकल्प बा ।

मैरीलैंड युनीवर्सिटी के डाक्टर मोहम्मद मोहिउदिन कहलन, अगर इ अपरेशन सफल होजाइ त, पिडित मरीज के खातिर ई अंग के अंतहिन आपर्ति होई ।

Leave a Reply