नासा के चिज गाँजा के बलेक आ प्रयोग बढते गइल बा । फेर तिन जाना अटो से ६९ किलो ५०० ग्राम गाँजा लिआवत बेरीमे अटो सहिते धराइल खबर मिलल बा ।
१२ गतेके दिन मिलल खबर के मुताबीक जिला मकवानपुरसे खटल पुलीस झुण्ड मकवानपुर हेटौडा उप महानगरपालीका वाड नम्बर १ पालुङ बसपार्क लगे ना १ ह ७६३८ नम्बर के अटोके राकके खोज तालास करत बेरीमे लुकाके लीआवत १० गो पोकामे ६९ किलो ५०० ग्राम गाँजा मिलल बा ।
अटो चलाएबाला जिला मकवानपुर के कैलाश गाउँ पालिका ५ के कटहरे मे घर भइल अभिन फिलहाल हेटौडा उप माहानगरपालीका वाड नम्बर ७ कमाने जिला मकवानपुर कैलाश गाउँ पालिका वाड नम्बर १ मे रहेबाला ३३ बरीसके बहादुर गिरि आ उहे ठाउ के रहनियार २६ बरीसके ईन्द्र बहादुर मोक्तानके मकवानपुर पुलीस झुण्डे नासाके चिज गाँजा सहिते काबुमे करके आउर अनुसन्धान आगे बढइले बा ।