You are currently viewing पुलीस उपरीक्षक रमेशकुमार आ चण्डी प्रसाद गणके गणपति से बीउवा संघ के भेटमुलाकात

पुलीस उपरीक्षक रमेशकुमार आ चण्डी प्रसाद गणके गणपति से बीउवा संघ के भेटमुलाकात

भोआ, २ पुस,

वीरगंज उद्योग वाणिज्य सङ्घ पर्सा के पुलीस उपरीक्षक रमेशकुमार बस्नेत आ श्री चण्डी प्रसाद गणके गणपति मनोज कार्की के बीचमे बातचित भइल बा ।

वीरगंज उद्योग वाणिज्य सङघके अध्यक्ष डा. सुबोधकुमार गुप्ता स्वागत के बेरमे अभिन तक चलत आइल शान्ति व्यवस्थाके बढावा देवेके कहलन । वीरगंज नगरभर मे जोडल सिसिटिभी क्यामेराके बनावेला एगो आइटी से जानकार मिस्तीरी राखके बनाएके बारेमे अध्यक्ष गुप्ता उपरीक्षक बस्नेतसे कहलन ।

आदर्शनगरके पुरनका बसपार्क ओरी जादा धर्मशाला, बैंक आ भिरभार जादा भइलासे सवारीसाधन व्यवस्थापनके खातिर एगो पुलीस बिट स्थापना करेके संघ के पहिलका अध्यक्ष अशोककुमार वैध आ गणेशप्रसाद लाठ सुझाव दिहले । शान्ति सुरक्षा आउर  अपराधिक कामसब के खतम करेके ओरी पुरा कोसीस करेम कहके पुलीस उपरीक्षक रमेशकुमार बस्नेत बतइलन । शान्ति सुरक्षा कायम राखेके साथे क्षेत्रके सर्वसाधारणके समेत ना छोडेबाला अवस्था रहला से खबर जुटाएला मदत के खातिर निहोरा कइलन ।

वीरगंज उद्योग वाणीज्य सङघ करते आइल सामाजिक कामसब सराह्नीय भइलापर अइसन सामाजिक काममे आगाडी बढेके चण्डी प्रसाद गण के गणपति मनोज कार्की  बतइलन ।

कार्जक्रम सङघके महासचिव मनोज दास संचालन कइलन । कार्जक्रममे सङघके वरिष्ठ उपाध्यक्ष अनिलकुमार अग्रवाल धन्यवाद कइलन । कार्जक्रममे सङघके पदाधिकारी आ कार्ज समिति के सदस्यसब के उपस्थिति रहूवे ।

Leave a Reply