जिला मकवानपुर के पुलीस झुन्ड भुलाइल मोटरसाइकल खोज के मोटरसाइकल मालीक के हवाले कइले बा ।
जिला मकवानपुर हेटौडा उप माहानगरपालीका वाड नम्बर ५ के रहनियार ४० बरीस के खेमलाल श्रेष्ठके जिला मकवानपुर गढी गाउँपालीका वाड नम्बर २ मे कुर्ले लगे पार्किङ करके राखल ४२ प ६३८५ नम्बर के १५० सि. सि. के पल्सर मोटरसाइकल भुलाइल रहे ।
खेमलाल मोटसाइकल चोरी के खबर पुलिस दफ्तर मे निवेदन देले रहलन । निवेदन मिलला से उ मोटरसाइकल के खोजी करत बेरमे अस्थायी पुलीस पोष्ट हटिया मकवानपुर से खटल पुलीस झुन्ड अगहन २१ गते दुपहरके १२ बजेके करीबमे हेटौडा वाड नम्बर १६ मे रहल मिलनचौक लगेके रोडमे लावारीस हालतमे मिलल ।
मोटरसाइकल मालिक के जिला पुलीस दफ्तर मकवानपुरमे बोलाके दफ्तर के प्रमुख पुलीस उपरीक्षक सुरेन्द्र बहादुर गुरुङग द्वारा मोटरसाइकल मालीक के देहल गइल ।