देवतालोगन के गुरु बृहस्पति 11 अगस्त के वक्री से मार्गी होखिहे । गुरु लगभग 13 महीना तक एकेगो राशि में रहेनि । गुरु के वृश्चिक राशि में मार्गी भईला के चलते उह सीधा आ सही दिशा में चलिहे जेकारा चलते व्यक्ति के ग्यान आ धन में एकर सीधा असर रहि । कवनो ग्रह के वक्री भईला के मतलब पीछे के ओर चलल आ मार्गी के मतलब आगे के ओर । अईसन मे गुरु के वृश्चिक राशि में मार्गी भईल कवन राशि के जातक खातिर लिए शुभ रहि आ कवना खातिर अशुभ। आई जानल जाव ।
मेष राशि:
मेष राशि के जातक के खातिर गुरु के वृश्चिक राशि मे ११ अगस्त के मार्गी होखल शुभ होखि । कवनो नाया काम शुरु हो सकता । धन सम्पति मे वृद्धि होखि ।
वृष राशि:
ब्यापार मे मुनाफा आ नोकरीपेशा करेवाला लोगन खातिर तरक्की मिले के संकेत बा । गुरु के मार्गी भइल वृष राशिवाला लोगन खातिर शुभ रहि ।
मिथुन राशि:
मिथुन राशि के जातक के खातिर गुरु के मार्गी भइल निमन परिणाम ना होखि । बिवाद बढि आ धन के हानि होखे के बहुते संकेत बा । दुश्मन सब से सावधान रहल जरुरि बा ।
कर्क राशि:
कर्क राशि के जातक खतिरा गुरु के मार्गी भइल मान सम्मान आ प्रसिद्धि दिलाई । भाग्य के साथ मिलि ।
सिंह राशि:
इ राशि के जातक खातिर गुरु के मार्गी भइल शुभ ना रहि । परेशानि पहिले से जियादा आइ । कवनो योजना मे धन के निवेश बहुते सोच समझके हि करेम त ठिक रहि । अपने के सेहत भि ठिक ना रहि ।
कन्या राशि:
इ राशि के जातक खतिरा गुरु के मार्गी भइल मिलल जुलल परिणाम लेकर आइ । रुकल धन प्राप्त होखि । नाया काम आगे बढि ।
तुला राशि:
तुला राशि के जातक खतिरा धन सम्पति मे बढोतरी के अच्छा जोग बा । करियर के राह सही आ सार्थक दिशा मे आगे के ओर बढि ।
वृश्चिक राशि:
इ राशि के जातक खातिर गुरु के मार्गी भइल शुभ रहि । परेशानि सब के अंत होखि । लाभ के जोग बनि जेकरा चलते घर के आर्थिक स्थिति पहिला के तुलना मे मजबुत बनि । परिवार के सदस्य लोगन आ संघतिया सब के सकारात्मक साथ मिलि ।
धनु राशि:
धनु राशि के जातक खातिर गुरु के मार्गी भइल शुभ ना रहि । पैसा कमाए खातिर बहुत जियादा संघर्ष कर सके पडि ।
मकर राशि:
गुरु के मार्गी भइल इ राशि के जातक खातिर परिणाम मिला जुला रहेवाला होखि । बिवाद बढ सकेला आ धन के हानि होखे के संभावना जियादा हो सकेला ।
कुंभ राशि:
इ राशि के जातक खातिर गुरु के मार्गी भइल धन प्राप्ति के अवसर मिलाई । सेहत निमन आ परिवार मे शांति रहि ।
मीन राशि:
इ राशि के जातक खातिर गुरु के मार्गी भइल शुभ संकेत बा । नाया व्यापार आ बिदेश यात्रा के शुभ संजोग बन सकता ।