You are currently viewing नाइजीरिया के मस्जिद मे भइल हमला, १६ गो नमाज पढेबालाके जान गइल

नाइजीरिया के मस्जिद मे भइल हमला, १६ गो नमाज पढेबालाके जान गइल

भोआ, १४ पुस,

नाइजीरिया के एगो गाँव मे बंदूकधारीके भइल हमला से मस्जिद मे नमाज पढत १६ जाना के गोली लागके जान गइल बा । आ आउर लोगके अपहरण करल खबर भि बा ।

उ ठाउँ के सरकार के चेयरमेन अल हसन ईसा माजाकुका एकर बारेमे जानकारी देवत बेरीमे कहलन कि हमलावर मस्जिद मे इबादत करत लोगपर हमला कइले बा । आ उलोगके मारले बा । एकर आलावा आउर लोगके अपहरण भी कइले बा । इ हमला नाइजर राज्य के मशेगु इलाका के बआरे गांव मे भइल बा ।

जानकारी के मुताबीक मोटरसाइल से दर्जन के हिसाब मे हमलावर गांवमे आके मस्जिद मे इबादत करत लोगके मारके उलोगके सामान लुटलेलक । अभिन अपहरण करल गइल लोगन के संख्या नइखे था भइल ।

नाइजीरिया पुलिस घटनाके पुष्टि कइले बा । बाकिर जान गइल के संख्या ९ बतइले बा । नाइजीरिया पुलीस पर पहिला भी घटना मे जान गइल के संख्या कम बताएके आरोप लागल रहे ।

Leave a Reply