Home Bhojpuri News Aranyak Teaser: डेब्यू वेब सीरीज मे पुलिस अफिसर बनलि रवीना टंडन, सुलझैअन चंद्र ग्रहण के आ शैतान के गुत्थी

Aranyak Teaser: डेब्यू वेब सीरीज मे पुलिस अफिसर बनलि रवीना टंडन, सुलझैअन चंद्र ग्रहण के आ शैतान के गुत्थी

0
Aranyak Teaser: डेब्यू वेब सीरीज मे पुलिस अफिसर बनलि रवीना टंडन, सुलझैअन चंद्र ग्रहण के आ शैतान के गुत्थी

भोआ, ६ अगहन,

बालीवुड अभिनेत्री रवीना टंडन के पहिला बेव सीरीज ‘अरण्यक’ के टीजर रिलीज होगइल बा । यी वेब सीरीज के कहानी बहुत खतरनाक बा । बालीवुड अभिनेत्री रवीना टंडन आगामी वेब सीरीज ‘अरण्यक’ मे एगो पुलिस वाली के भुमिका निभाएला पुरा तरहसे तइआर बाडी । सीरीज के साथे रवीना ओटीटी डेब्यू करे जातरी । वेब सीरीज १० दिसंबर के नेटफ्लिक्स पर रिलीज होइ ।

‘अरण्यक’ के कहानी भयानक जंगल आ एगो रहस्यमय शहर के बीचमे घुमेला । सीरीज के टीजर मंगर के रिलीज भइल बा । जेकरा रवीना टंडन आपन इंस्टाग्राम पर सेयर कइली । टीजर के देखके एतना अंदाजा लगाइल जा सकता कि ‘अरण्यक’ के कहानी चंद्र ग्रहण के शैतान पर अधारीत बा ।

यी टीजर के शेयर करके रवीना कैप्शन मे लिखली : एगो छोट सहर से, हत्या, रहस्य आ ओकरा से बहुत अधिक बा यी काहानी । सावधान रहीअ । ‘अरण्यक’ वेब सीरीज मे परमब्रत चटर्जी, आशुतोष राणा, मेघना मलिक, जाकिर हुसैन आ इंद्रनील सेनगुप्ता भी बा ।

राय कपुर फिल्म्स आ रमेश सिप्पी एंटरटेनमेंट द्वारा निर्मित, ‘अरण्यक’ के शोरनर रोहन सिप्पी आ विनय वैकुल एकर निर्देशन कइले बा ।

RSS280
Follow by Email220
Facebook1k
Twitter570
LinkedIn268
LinkedIn
Share
WhatsApp733