Home Bhojpuri News सप्तकोसीमे पानीके बहाव उपर, सावधानी खातिर निहोरा

सप्तकोसीमे पानीके बहाव उपर, सावधानी खातिर निहोरा

0
सप्तकोसीमे पानीके बहाव उपर, सावधानी खातिर निहोरा

भोआ, ३ कातिक,

कुछ दिन एने से परत लागातार पानीके चलते सप्तकोसी नदीमे पानीके बहाव बढल बा । पहाडी क्षेत्रके साथे तराईमे भी पानी परलाके चलते कोसीमे पानीके बहाव उपर भइल बा ।

बुधके भोर मे करल मापन के मुताबीक कोसी ब्यारेज होके करिब २ लाख ६१ हजार क्युसेक पानीके बहाव रहे कहके ब्यारेज मे रहल नियन्त्रण कक्ष बतइले बा । पानीके निकास देबेला ब्यारेजके ५६ गो मेसे ४२ गो गेट खोलल बा । पानीके बहाव उपर होके खतरा बढलाके बाद सतर्कतासूचक लाल बत्ती बारल बा ।

नदी किनारके क्षेत्र आ आसपास रहेबाला बासिन्दाके सावधानी से रहेके कहल गइल बा । सुनसरी प्रशासनके मुताबीक होखेवाला खतराके धियान मे रखके उच्च सावधानी अपनावल गइल बा ।

RSS280
Follow by Email220
Facebook1k
Twitter570
LinkedIn268
LinkedIn
Share
WhatsApp733