Home Bhojpuri News बाढ आ पाहार भसकल के अपडेट : मुअल के संख्या ३९ पुगल, ४३ लापता

बाढ आ पाहार भसकल के अपडेट : मुअल के संख्या ३९ पुगल, ४३ लापता

0
बाढ आ पाहार भसकल के अपडेट : मुअल के संख्या ३९ पुगल, ४३ लापता
Photo: Internet

भोआ, ३ कातिक,

कुछ दिनसे लागातार परत पानीके बाद आइल बाढ, पाहार भसकल आ डुबला से देशके अनेक जिला मे ३९ लोगन के जान गइल बा ।

गृहमन्त्रालय से आजु भोरतक के मिलल जानकारी के मुताबीक आउर ४३ जाना बेपता भइल बा । मुसिबत परके २२ लोग जखमी भइल बा, मन्त्रालयके विपद् व्यवस्थापन महाशाखा प्रमुख हुमकला पाण्डे बतइले बाडन । सम्पर्कविहीन आदमीके संख्या ढेर भइला से जान गइल आदमी के सङ्ख्या आउर बढत देखल जाता ।

अभिनतक के मिलल जानकारीके मुताबीक इलाममे सात, पा“चथरमे छ्व, डोटीमे सात, धनकुटामे छ्व, सुनसुरीमे दु, कालीकोटमे एगो, डडेलधुरामे एक सहित ३९ जानाके जान गइल बा उ बतइलन । पाहारके भसकलमे परके हुम्लामे छ्व, बझाङ मे २३, कैलालीमे चारजाना सहित अनेक जिला के ४३ जना बेपता भइल बा उ बतइलन । अभिन तक अनेक जिला से ७०० के उद्धार करल बा ।

मिलल विवरणमे बाढ, पाहार भसकल आ डुबल से देशके १९ जिला मे असर परल बा । रातसे पानि परेबाला प्रणाली नेपालके पूर्वी क्षेत्रओरी गइलासे कर्णाली आ सुदूरपश्चिम मे कुछ सुधार भइल बा । नेपालमे भारतके विहार आ उत्तर प्रदेश के आसपास रहल न्यून चापबाला प्रणाली आ पश्चिमी वायु प्रणालीके संयुक्त प्रभाव कायम बा ।

जेकर चलते अभिन देशके प्रदेश १, २ आ बागमती प्रदेशमे फेरसे बदली आ बा“की भू–भागममे सामान्यसे फेरसे बदलत बा । प्रदेश १, बागमती आ गण्डकी प्रदेशके कुछ ठाउमे आ बा“की प्रदेशके एगो दुगो जगहमे हल्का से मध्य पानी परल बा । आजु दुपहरमे प्रदेश १ के तानका आ प्रदेश २, बागमती, गण्डकी प्रदेशके एक, दुगो जगह मे जादा पानी परेके सम्भावना बा ।

RSS280
Follow by Email220
Facebook1k
Twitter570
LinkedIn268
LinkedIn
Share
WhatsApp733