Home Bhojpuri News फेसबुक से कमा जासकता पैसा, इ काम कइला के बाद अपनहु होजाएम मालामाल

फेसबुक से कमा जासकता पैसा, इ काम कइला के बाद अपनहु होजाएम मालामाल

0
फेसबुक से कमा जासकता पैसा, इ काम कइला के बाद अपनहु होजाएम मालामाल

बीरगंज, आषाढ ३१,

गुड न्युज फेसबुक से कमाइल जासकता पैसा, इ काम कइला के बाद होजाएम लोग मालामाल

फेसबुक अपन कंटेंट क्रिएटर्स के खातिर बडका मौका लेके आइल बा । जेकरा तहत निमन कंटेंटक्रिएटर्स के एक अरब डालर तक के रिवार्ड देवल जाइ मार्क जुकरबर्ग एकरा लेके जानकारी दिहले बाडे ।

जदि अपने फेसबुक के इस्तमाल करेनी, अपनेमे खुद के साबित करेके हुनर बा त अपने मालामाल होसकत बानी । फेसबुक के प्रमुख कार्यकारी अधिकारी मार्क जुकरबर्ग कहलन, फेसबुक २०२२ के अंत तक कंटेंट क्रिएटर्स के १ बिलियन डालर के भुगतान करेके खातिर एगो प्रोग्राम सुरु करे जात बा । इ फेसबुक यूजर्स के लोभाएके दिशा में एगो बडका कदम ह ।

केकरा मिली अरबों रुपैया

फेसबुक कहले बा कि १ बिलियन डालर सभ प्रकार के कंटेंट क्रिएटर्स के बीच अवंटित करल जाइ, जेकरा से प्रभावशाली लोगनके फेसबुक पर मूल सामान बनाएके आ पोस्ट करेके खातिर प्रोत्साहन मिली । इन्फ्लुएंसर फेसबुक आ इंस्टाग्राम सुविधा के उपयोग करके पैसा कमाए में सक्षम होइ । उदाहरण के खातिर, जदि क्रिएटर्स नियमित रुप से लाइवस्ट्रीम करला, त उ नगद कमा सकत बा ।

टिक टाँक आ यूट्यूब क्रिएटर्स के देहलस पैसा

बीतल कुछ सालमे टिकटाक आ यूट्यूब क्रिएटर्स के पैसा कमाए मे मदद करके आ उलोग के जरुरत के पूरा करेके खातिर फीचर बनाके क्रिएटर समुदाय मे प्रगाढ संबंध बनइले बा ।

अइसे कमा सकतनी पैसा

फेसबुक के नाया कार्जक्रमके तहत, जवन अभी इवनविटेशन ओनली बा । अइसन मे एलिजिबल क्रिएटर्स के ऐप खोलला पर प्रोत्साहित करेबाला अलर्ट लउकी । फेसबक कहलक कि उ सालके अंत तक इंस्टाग्राम आ फेसबुक पर अपन बोनस ट्रैक करेके खातिर क्रिएटर्स के खातिर एगो डेडीकेटेड प्लेस बनाइ ।

इहो बढीं व्हाटसॉप पर इ टिरिक से अपने आप चल जाइ मैसेज के रिप्लाई बस करेके परि इ काम

फेसबुक पहिले भी देत आइल बा पैसा

इ पहिलका बार ना ह जब फेसबुक आपन उत्पादन के इस्तमाल के बदला क्रिएटर्स के पैसा देले बा । कंपनी पहिला टिकटाक इंफ्लूएंशर्स आ यूट्यूबर्स के इंस्टाग्राम के सुविधा के उपयोग करेके खातिर भुगतान कइल रहे जैसे कि IGTV, यूट्यूब सरीखी एगो लंग फा“र्म वीडियो सुविधा आ रील, एगो अइसन सुविधा जवन टिकटाक जैसन काम करेला । दिसंबर मे, फेसबुक ब्लैक गेमिंग समुदाय में अगला दु बरिस मे १० मिलियन डा“लर के निवेश करेके वादा कइले बा । कुछ क्रिएटर्स के स्ट्रीमिंग प्लेटफा“र्म फेसबुक गेमिंग के उपयोग कइला पर मांसिक भुगतानी के गारान्टी देहले बा ।

एतना बा कंटेंट क्रिएटर

फर्म सिग्नलफायर के एगो रिपोर्ट के अनुसार, दुनिया भर मे कम से कम ५० मिलियन लोग अब खुद के कंटेंट क्रिएटर मानेला लोग । मोबाइल इनसाइट्स फर्म सेंसर टावर कहलक कि २०२१ के पहिला छमाही मे टिकटाक विश्व स्तर पर सबसे अधिक डाउनलोड होत ऐप रहे । टिकटाक वैश्विक स्तर पर तीन बिलियन इंस्टालेशन के भी पार करलेले रहे, सेंसरटा“वर कहलक, इ उ आंकडा के पार करेबाला पहीला फेसबुक ऐप ह ।

स्रोत : जी न्युज

RSS280
Follow by Email220
Facebook1k
Twitter570
LinkedIn268
LinkedIn
Share
WhatsApp733