नासा के चीज नाईट्रोभेट सहिते १ जाना धराइल

0
0

भोआ, १३ अगहन,

दिन पर दिन नासा जइसन खराब चिजके प्रयोग बढते गइल बा । जिला मकवानपुर पुलीस दफ्टर फेर एकजाना के २५५ गो नासा के चीज नाईट्रोभेट के साथे धइले बा ।

जिला सर्लाही हरपुर्वा गावँपालीका वडा नं. ७ के हनुमान चौक मे घर भइल अभिन हेटौडा उप महानगरपालीका बस्तिपुर वाड नं. १९ के रहनियार २३ बरीस उमर भइल सुनिल साहके धइले बा ।

मकवानपुर मे खटल पुलीस के एगो झुन्ड जिला मकवानपुर हेटौडा उप माहानगरपालीका वाड नं. १० मे रहल बसपार्क मे जात  सुनिल साहके संका के आधार पर खोज तालास कइला पर लुका छुपाके लिआइल नासाके चिज नाईट्रोभेट मिलला पर धइले बा ।

लीआवत नासा पदार्थ नाइट्रोभेट १७ गो पातामे २५५ ट्याब्लेट मिलला पर सुनील साहके नासा के पदार्थ सहित मकवानपुर पुलीस झुन्ड धइले बा । पुलिस के मुताविक अभिन थप अनुसन्धान चलता ।

Previous articleकाजल राघवानी आ यश कुमार के फिल्मके पहिला लुक भइल रिलीज
Next articleरणवीर सिंह के ८३ फिल्म के ट्रेलर आगइल