Home Bhojpuri Blogs गर्मीके मौसममे खाइँ अइसन पाँच फलफूल आ रहीं स्वस्थ

गर्मीके मौसममे खाइँ अइसन पाँच फलफूल आ रहीं स्वस्थ

0
गर्मीके मौसममे खाइँ अइसन पाँच फलफूल आ रहीं स्वस्थ

गर्मी मौसम सुरु भइलाके साथे बजारमे अनेकन किसिमके फलफूलसब देख सकल जाता । गर्मी मौसममे शरीरके स्वस्थ आ फूर्ति बनाके रखेला जादे मात्रामे फलफूलके सेवन करल जरुरी बा ।

१. आँमके फलफूलके राजा कहके चिन्हल जाला । आँम खइलासे स्वास्थके नजरसे लाभकारी होखेला । एकरासे शरीरमे शक्ति पैदा होखेला आ आँमके २ से ३ घन्टातक पानीमे डुबाके खइलासे शरीरमे शीतलता प्रदान करेला ।

२. गर्मी मौसममे मिलेवाला फल खरबुजा होखे त एकरासे आउर शरीरमे शीतलता प्रदान कइलाके साथे एकरामे होखेवाला तत्वसे पेट से जुडल समस्या (ग्याँस्ट्राइटिस, कब्जियत) से निजात मिलेला । एकराके सेवनसे शरीरमे थकाइके महसुस कम होखेला ।

३. गर्मी मौसममे मिलेवाला फल मेसे लिची भी एगो ह । इ बिशेष करके ग्रीष्म के औसममे मात्र मिलेला । एकर सेवनसे शरीरके शीतलता प्रदान कइलाके साथे दिमागके चुस्त आ दुरुस्त राखेमे मद्दत करेला ।

४. अंगूर शरीरके शीतलता प्रदान करेवाला एगो पौष्टिक तत्व भइल फल ह । एमे जादे मात्रामे एन्टीअक्सिडेन्ट नामके तत्व मिलेला जवन मानसिक तनाव कम कइलाके साथे शरीरमे भुख आ पियास मिटावेमे मद्दत करेला ।

५. कँकरीमे ९६ प्रतिशत पानीके मात्रा भइलासे गर्मी मौसममे एकर सेवन कइल उचित होखेला । एकर सेवनसे शरीरके भितर आ बाहरके अंगके मजबुत बनाके राखेमे मद्दत करेला आ शरीरमे अनेक बेमारीसब लागेसे बचावेला ।

स्रोत: एजेन्सी

RSS280
Follow by Email220
Facebook1k
Twitter570
LinkedIn268
LinkedIn
Share
WhatsApp733