Home Bhojpuri Blogs आँम खइलासे एतना फाएदा

आँम खइलासे एतना फाएदा

0
आँम खइलासे एतना फाएदा

फलके राजा कहके चिन्हेवाला आँम गर्मीके मौसममे मिलेवाला फलफूल मेसे एगो ह । आँममे जादे मात्रामे भिटामिन ए, भिटामिन सी के साथै कपर, जिंक, पोटाशियम, मिनरल्स मिलेला । एकर नियमित सेवन कइलासे शरीरके बहुते फाएदा होखेला ।

आँम के फाएदासब:

१. आँममे फाइबरके साथे भिटामिन सी मिललासे शरीरमे कोलेस्ट्रेरोलके लेवल कम करेमे मद्दत करेला । साथे करेजा (दिल) से जुटल समस्या से मुक्ति मिलेला ।

२. आँममे मिलेवाला भिटामिन ए से आँख तेज भइलाके साथे आँख सम्बन्धी समस्यणसे छुटकारा मिल सकता ।

३. आँमके नियमित सेवनसे पेटमे होखेवाला कब्जियत, एसिडिटी आ ग्याँस्ट्राइटिसके समस्यासे निजात मिलेला ।

४. आँमके सेवनसे शरीरमे शक्ति प्रदान कइलाके साथे शरीरमे बेमारीसे लडेवाला क्षमता बढावेमे मद्दत करेला आ शरीरमे इन्फेक्सन होखेसे बचावेला ।

५. आँममे जादे मात्रामे आइरन मिलेला जवन शरीरमे खुन बढावलाके साथे एनिमियाके समस्यासे निजात मिलेला ।

६. आँममे भरपूर मात्रामे भिटामिन बी ६ होखेला । जवन दिमागके स्वस्थ राखलाके साथे स्मरण शक्ति बढावेमे मद्दत करेला ।

७. एकर सेवनसे ब्लडप्रेशरके लेवल कन्ट्रोल करेमे मद्दत मिलेला ।

८. २ चमच आँमके पेस्ट बनाके ओकरामे दही मिलाके केश मे लगाके आ आधा घण्टा के बाद धोवलासे केश लरम मुलायम भइलाके साथे रुसी होखेके समस्यासे निजात मिली ।

स्रोत: एजेन्सी 

RSS280
Follow by Email220
Facebook1k
Twitter570
LinkedIn268
LinkedIn
Share
WhatsApp733